सीता राम जी के आरती उतारूँ ए सखी – भजन (Sita Ram Ji Ke Aarti Utaru Ae Sakhi)

jambh bhakti logo

सीता राम जी के आरती उतारूँ ए सखी

केकरा के राम बबुआ केकरा के लछुमन
केकरा के भरत भुवाल ए सखी
सीता राम जी के आरती उतारूँ ए सखी

सीता राम जी के आरती उतारूँ ए सखी
राजा राम जी के आरती उतारूँ ए सखी

कौशल्या के राम बबुआ सुमित्रा के लछुमन
ककई के भरत भुवाल ए सखी
चारों भाइयन के आरती उतारूँ ए सखी

सीता राम जी के आरती उतारूँ ए सखी
राजा राम जी के आरती उतारूँ ए सखी

कवने रंग राम बबुआ कवने रंग लछुमन
कवने रंग भरत भुवाल ए सखी
राजा राम जी के आरती उतारूँ ए सखी

गजानन चरण कमल रज दीजे: भजन (Gajanan Charan Kamal Raj Dije)

वरलक्ष्मी व्रत कथा (Varalakshmi Vrat Katha)

मीठे रस से भरीयो री, राधा रानी लागे - भजन (Mithe Ras Se Bharyo Ri Radha Rani Lage)

सीता राम जी के आरती उतारूँ ए सखी
राजा राम जी के आरती उतारूँ ए सखी

श्याम रंग राम बबुआ गोरे रंग लछुमन
पित रंग भरत भुवाल ए सखी
सीता राम जी के आरती उतारूँ ए सखी

सीता राम जी के आरती उतारूँ ए सखी
राजा राम जी के आरती उतारूँ ए सखी
– पंडित अभिषेक पाठक

Picture of Sandeep Bishnoi

Sandeep Bishnoi

Leave a Comment